Mard Tangewala 2012 : New Bhojpuri Film mp3 Song Download
Cast - Viraj Bhatt, Anjana Singh, Kajal Raghvani etc
Bhojpuri Music & Poem - Shyam Dehati
Bhojpuri Movie Music Review
भोजपुरी फिल्म उद्योग कुछ चीज़ां से कुछ ज्यादा ही प्रेम करेला, खास कर से अगर उ चीज़ तनी सा हिट कई जाई. २०११ में सुदीप पाण्डेय के फिल्म 'मिस्टर तांगेवाला' आयेल रहे ता २०१२ में बिराज भट्ट 'मर्द तांगेवाला' के साथ आ गयेलन. 'निरहुआ रिक्शावाला' अगर हिट हो गएल ता ' निरहुआ रिक्शावाला इ लुव यू' आय रहल बा. अगो और 'ट्रेंड' देखल जा रहल बा अभी भोजपुरी फिल्म उद्योग में. हर गायक जेकर थोडा सा नाम हो गएल बा उ हीरो जरूर बनी और और गीतकार जेकर नाम हो गएल बाटे उ संगीत कार जरूर बनी. दीप मोहम्दाबादी के बाद श्याम देहाती भी गीत के अलावा संगीत दे ले बाड़े 'मर्द तांगेवाला' में. खैर श्याम देहाती के सब गाना 'चोली के बताम ' से शुरू होला और 'होथ्वा के होठ्लाली' पर हतम होई जाला एइसना में संगीत में उ कवनो तीर मार दिहे ऐसन उम्मीद कएल बेईमानी होखी. सब गाना के सुनला के बाद आप के लगी के आप इ गाना पहिलहू सुनले बानी काहे के सब गाना के धुन पुरी तरह से करावल बाटे. उदाहरण खातिर, 'समियाना के चोप' गाना के केतना गायक लोग गवाले बाड़े ओकर गिनती कएल बेकार बा ऐसना में उहो गाना के धुन एह चोरावल गएल बाटे. पूरा सिनेमा में 'नज़रिया के बाण' गाना ही सुने लायक बाटे.
Rating: 1/5
09. Shaadi Ke Mazza good
Password : BhojpuriGaane.com
No comments:
Post a Comment
गाना डाउनलोड लिंक खातिर एह पर मैसेज छोड़ी