Previously, We posted ome bhojpuri chutkule HERE. We are againg giving the bhojpuri joke on bhojpurigaane.com, best mp3 download sites. This jokes are collected from different sources on Internet and were posted in bhojpuri by bhojpuriya bhaiya. Hope everyone will like our effort to give some change
Download more bhojpuri jokes HERE
भक्भेलर के मेहरारू झुनकी भक्भेलर से इठला के पुछली.................
झुनकी -- अजी रउवा हमरा में कवन चीज जादे पसंद पड़ेला, हमार सुन्दरता की हमार बुद्धि ?
भक्भेलर -- हा हा हा, हमरा तोहार ई मजाक करे के आदत बहुते पसंद पड़ेला हो.
********************************************************************************
गजोधर -- अरे भक्भेलर उठ उठ, देख भूकंप आ गईल बा.
भक्भेलर -- ओहो, अरे मरदे सूतअ ना, तोहार बाबु के मकान बा जे तोहरा इतना चिंता हो रहल बा ? मकान मालिक के मकान बा त मकान मालिक के नु चिंता होखे के चाहीं.
*********************************************************************************
भक्भेलर रात भर घर ना लवटले त उनकर मेहरारू झुनकी भक्भेलर के दोस्त गजोधर के कहली.............
झुनकी -- देखीं ना गजोधर भईया, उहाँ के रात भर घरे ना अयिनी ह, कहीं दोसर मेहरारू के चक्कर में त नईखन पड़ गईल ?
गजोधर -- का भउजी, जब भी सोचबू त उलटे सोचबू ? ईहो त हो सकेला की ऊ कवनो ट्रक के निचे चांपा पड़ गईल होखो.
***********************************************************************************
गजोधर : का रे भक्भेलर, इंटरव्यू कईसन गईल ?
भक्भेलर : एकदम झकास गईल बा भाई, अबकी धाकी नौकरी मिलिए जाई.
गजोधर : अच्छा ? का का पुछले स इंटरव्यू में ?
भक्भेलर : ईहे पुछ्लख की आप कवन कवन चार ठो भाषा के लिख आ बोल सकिला ?
गजोधर : अच्छा ? त तू का जवाब दिहले ?
भक्भेलर : झकास कोस्चन के झकास जवाब दे देनी.
गजोधर : का जवाब दिहले मरदे, हमरो त बताव ?
भक्भेलर : हम कहनी की हम चार ठो भाषा में लिख आ बोल सकिला
गजोधर : कवन कवन चार ठो भाषा रे ?
भक्भेलर : हिंदी, देवनागरी, हिन्दुस्तानी आ राष्ट्रभाषा.
************************************************************************************
भक्भेलर : का हो गजोधर, ऊ लईकी तोहरा देख के मुस्कात रहल ह. पहिले से जान पहचान बा का ?
गजोधर : हाँ भक्भेलर भाई, जब हमनी के कॉलेज में पढ़त रहनी ह जा त साथे सुतत रहनी ह.
भक्भेलर : का ???
गजोधर : कॉलेज में अंग्रेजी के क्लास में हमनी के क्लास में साथे सुतत रहीं जा.
**************************************************************************************
No comments:
Post a Comment
गाना डाउनलोड लिंक खातिर एह पर मैसेज छोड़ी